गांव देहात के
बतिये अलग रहेला
अलगे रंग दिखेला
मनवा तरी पावेला
खेतवन मे हरिअरी छिटकल रहेला
गईया बैलवा अ भैंसिया घुमल करेंली
चरवाहन के खुबे मजा मिलेला
कौनो होरआ भुजेला
कौनो कांचे छिम्मी चबावेला
उखियो खुब चुसाला नू
एकदमिये भौकाल टाईट रहेला
कौनो कुश्ती लडिहेसन
कौनो चिक्का खेलिंहे
नौका लईकवा कुल जौन बाहर निकलल बाने
उ क्रिकेट खेलिहे
बाकि खुब मजा आवेला नू
आमवा के महिनवा में
खूब ढ़ेला मराला
बारी मे गांव देहात मे
लईका कुल लागल रहेने
कौनो कोईना खाता
कौनो आम चुसता
मामला टाइट रहेला
बड़ा मजा आवेला😊